कंहवा पे बोलेला कोयलिया || Kahwan pe bolela koyaliya || सोहर || Sohar Lyrics in Hindi
कंहवा पे बोलेला कोयलिया
त बोलेला कोयलिया
त कहंवा पे मोर बोले हो
कंहवा पे बोलेला कोयलिया
त बोलेला कोयलिया
त कहंवा पे मोर बोले हो
अरे हो कहंवा पे बोलेला सहरसवा
महल उठे सोहर हो
अरे हो कहंवा पे बोलेला सहरसवा
महल उठे सोहर हो
*****
वृन्दावन में बोलेला कोयलिया
त बोलेला कोयलिया
त मथुरा में मोर बोले हो
वृन्दावन में बोलेला कोयलिया
त बोलेला कोयलिया
त मथुरा में मोर बोले हो
अरे हो गोकुल में बोलेला सहरसवा
महल उठे सोहर हो
अरे हो गोकुल में बोलेला सहरसवा
महल उठे सोहर हो
*****
केहि गोदी जनमे ललनवा
हॉं जनमे ललनवा
त केहि खुसी मनवा हो
केहि गोदी जनमे ललनवा
हॉं जनमे ललनवा
त केहि खुसी मनवा हो
केहि घर बजेला बजनवा
महल उठे सोहर हो
केहि घर बजेला बजनवा
महल उठे सोहर हो
*****
देवकी गोदी जनमे ललनवा
हॉं जनमे ललनवा
त बसु खुसी मनवा हो
देवकी गोदी जनमे ललनवा
हॉं जनमे ललनवा
त बसु खुसी मनवा हो
अरे हो नन्द घर बजेला बजनवा
महल उठे सोहर हो
अरे हो नन्द घर बजेला बजनवा
महल उठे सोहर हो
*****
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें